छपरा
आवे वाला 16 फरवरी के छपरा के सरस्वती शिशु विद्या मंदिर के प्रांगण में सारण भोजपुरिया समाज, छपरा के द्वारा पहिला परिवार मिलन सह सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन कइल जाई।
ई बात के जानकारी मीडिया के एगो प्रेस गोष्ठी में सारण भोजपुरिया समाज के प्रमुख सवांग बिमलेंदु भुषण पांडे दिहलऽहन। मीडिया से बातचीत में पांडे जी कहले कि भोजपुरी भाषा में व्याप्त अश्लीललता के विरोध आ साफ-सुथरा साहित्य आ गीत गवनई के आगे बढ़ावे ला ई परिवार अपना अस्तित्व में अइला के पहिलके दिन से लागल बा। कार्यक्रम के रूपरेखा के तइयार करे खातिर आ सारण भोजपुरिया समाज के प्रमुख सवांग लोग छपरा में एकजुट हो के बइठक में तय कइल हऽ।