118 पद्मश्री, 16 पद्मभूषण के संगे 7 लोग के मिली अबकी पद्मविभूषण

नई दिल्ली

गणतंत्र दिवस के मौका पर दिहल जाए वाला पद्म श्री पुरस्कारन के ऐलान सरकार के द्वारा कर दिहल गइल बा। अबकी बेर 7 हस्तियन के पद्म विभूषण, 16 के पद्म भूषण आ 118 के पद्मश्री से सम्मानित कइल गइल बा। पद्म विभूषण पावे वालन में पूर्व रक्षामंत्री जॉर्ज फर्नांडीज, पूर्व वित्त मंत्री अरुण जेटली आ पूर्व विदेश मंत्री सुषमा स्वराज (सभे मरणोपरान्त) के अलावा बनारस के शास्त्रीय गायक पं छन्नूलाल मिश्र के नाम बा।

ओहीजा पद्म भूषण से सम्मानित होखे वाला लोगन में पीवी सिंधु और गोवा के पूर्व मुख्यमंत्री आ भारत के पूर्व रक्षा मंत्री स्वर्गीय श्री मनोहर पर्रिकर के नाम शामिल बा । अबकी बेर 118 हस्तियन के पद्म श्री पुरस्कार से सम्मानित कइल जाई। एह लोगन में जवन कुछ नाम शामिल बा ओहमें सबसे पहिले लंगर बाबा जगदीश लाल आहूजा, सामाजिक कार्यकर्ता जावेद अहमद टेक, सामाजिक कार्यकर्ता सत्यनारायण मुनडयूर, सामाजिक कार्यकर्ता एस रामकृष्ण, सामाजिक कार्यकर्ता योगी एरोन जइसन प्रसिद्ध सामाजिक कार्यकर्ता बाड़न, एकरा अलावा, 1984 भोपाल गैस त्रासदी के कार्यकर्ता अब्दुल जब्बार के भी मरणोपरांत एह सम्मान से सम्मानित कइल जाई।

Related posts

Leave a Comment

twenty + nineteen =