सीएए आ दिल्ली हिंसा पर डोनाल्ड ट्रंप कहलें, ई भारत के भीतरी ममिला बा-डॉनल्ड ट्रंप

नागरिकता संशोधन अधिनियम सीएए
दिल्ली में हिंसा आ सीएए के लेके अमरीकी राष्ट्रपति डॉनल्‍ड ट्रंप कहलें कि पीएम मोदी उनकरा से कहलें बाड़न कि ऊ(मोदी) चाहत बाड़न कि लोगन के धार्मिक स्वतंत्रता होखे।

सीएए आ एनपीआर

भोजपुरी समय, नई दिल्लीः   अमरीकी राष्ट्रपति डॉनल्‍ड ट्रंप मंगर के नई दिल्ली में कहलें कि सीएए भारत भीतरी ममिला बा। हमनी के (ट्रंप आ मोदी के) सीएए के लेके कवनो चर्चा नइखे भइल। पीएम मोदी इस्‍लाम आउर ईसाई धर्म खातिर भी काम कर रहल बाड़न। भारत अनुच्‍छेद 370 के सोच समझ कर हटवले बा। भारत आवे वाला समय में बहुते सशक्‍त होखे जा रहल बा। आर्थिक नजरिया से भी भारत सशक्‍त होखे जा रहल बा। पाकिस्तान से सीमा पार आतंकवाद के बारे में पूछला पर ट्रंप फेर से भारत आ पाक के बीचे मध्यस्थता करे के पेशकश कइले।

पीएम मोदी से धार्मिक स्वतंत्रता पर भइल बा बात

उत्तर पूर्वी दिल्ली में सीएए के लेके हो रहल हिंसा पर अमरीकी राष्ट्रपति डॉनल्‍ड ट्रंप कहलें कि हमनी धार्मिक स्वतंत्रता के बारे में बतियवले रहनी हं सं। पीएम कहले बाड़न कि ऊ चाहत बाड़न कि लोगन के धार्मिक स्वतंत्रता मिले। आ एह बात खातिर वास्तव में (पीएम मोदी) कड़ा मेहनत कइले भई बाड़ें। हम व्यक्तिगत हमलन के बारे में सुनले बानी बाकिर हम एकर चर्चा नइखीं कइले। ई भारत पर निर्भर करता। ट्रंप ईहो कहलन कि बाकी देशन के तुलना में भारत में ज्‍यादा धार्मिक आजादी बा। धार्मिक आजादी के दिशाईं भारत अच्‍छा काम कर रहल बा।

ओहिजा, दिल्ली में हिंसा आउर सीएए को लेकर अमरीकी राष्ट्रपति डॉनल्‍ड ट्रंप कहलें कि पीएम कहले बाड़न कि ऊ चाहत बाड़न कि लोगन के धार्मिक स्वतंत्रता मिले। भारत में सभ धर्मन के सम्‍मान बा।

भारत दौरा पर बहुते आनंद आइल : डोनाल्ड ट्रंप

जब पत्रकार उनकरा से पूछलें कि भारत के जतरा कइसन रहल त अमेरिकी राष्ट्रपति डॉनल्‍ड ट्रंप कहलें कहा कि हमनी के बहुते मजा आ गइल। हमनी के शानदार बइठकी भइल। भारत एगो जबरदस्त देश बा हमरा लागता कि ऊ लोगके हमनी के जेतना पसंद कइले बानी सं, ओहसे कहीं ज्यादा ऊ तहरा के  पसंद करे लेन। प्रधानमंत्री आउर हमनी बीचे एगो महान रिश्ता बा। मालूम रहो कि डॉनल्ड ट्रंप सोमवार के गुजरात के मोटेरा स्टेडियम में लाखों लोगन के संबोधित कइले बाड़ें।

Related posts

Leave a Comment

fourteen + ten =