हेड कांस्टेबल के जवाब सुनके पुलिस महानिरीक्षक कइले पुरस्कृत

नितिन अवस्थी,भोजपुरी समय,मीरजापुर: सांच कहल बा कि मेहनत के फल मीठ होला। एकर प्रमाण पुलिस लाइन परिसर में आयोजित कार्यक्रम में नजर आइल। जब पुलिस महानिरीक्षक विन्ध्याचल परिक्षेत्र पीयूष श्रीवास्तव सैनिक सम्मेलन में उपस्थित कर्मचारीगण से उनका कार्य प्रणाली आ कर्तव्यन के बारें में जानकारी लिहले ।

हेड कांस्टेबल के पुरस्कृत करत पुलिस महानिरीक्षक विन्ध्याचल परिक्षेत्र पीयूष श्रीवास्तव

थाना मड़िहान पर तैनात हेड कांस्टेबल अनिल वर्मा से उनका बीट के बारें में प्रश्न कइला पर उनका द्वारा समुचित व सटीक उत्तर दिहल गइल। अपना कर्तव्य के प्रति गम्हीरता से सजग रहला आउर दिहल जानकारी पर प्रसन्न होके पुलिस महानिरीक्षक एक हजार के नगद पुरस्कार से पुरस्कृत कइले आ सहयोगियन के होसिला बढ़वले । एह दौरान एसपी डा० धर्मवीर सिंह भी ताली खुशी जतवले।

Related posts

Leave a Comment

two × three =