नई दिल्ली
काल्ह देर रात निर्भया बलात्कार केस में फाँसी पऽ दिल्ली हाईकोर्ट रोक लगावे के इन्कार कइला के बाद सुप्रीम कोर्ट आज सबेरे फाँसी पऽ रोक लगावे से मना कऽ दिहलस।
आज 20 मार्च के सबेरे 5 बज के 30 मिनट पऽ निर्भया दोषिन के नियत समय पऽ फाँसी दिया गइल हऽ। ओकरा बाद देंह पोस्टमार्टम खाती भेज दिहल गइल बा।
निर्भया दोषिन के फाँसी के बाद सोशल मीडिया पऽ लोग खुशी जतावता पोस्ट करत बा। प्रधानमंत्री मोदी ट्वीट करत लिखनहन कि ‘न्याय मिलल’।
Justice has prevailed.
It is of utmost importance to ensure dignity and safety of women.
Our Nari Shakti has excelled in every field. Together, we have to build a nation where the focus is on women empowerment, where there is emphasis on equality and opportunity.
— Narendra Modi (@narendramodi) March 20, 2020
एकरा से पहिले कई बेर ए गुनाहगारन के फाँसी के डेथ वारंट रद्द हो चुकल रहल हऽ।
सोशल मीडिया पऽ बहुत लोग निर्भया केस में छूटल पांचवा दोषी के सजा के माँग करत बाड़े।