नेपाल के विवादित नक्शा के मुख्य विपक्षी दल के समर्थन

नई दिल्ली

विपक्ष के समर्थन के बाद नेपाल के के पी शर्मा ओली सरकार के प्रस्तावित विवादित नक्शा खाती होखे वाला संवैधानिक संशोधन के पास कर के रास्ता अब साफ हो गइल बा।

नेपाल के मुख्य विपक्षी पार्टी नेपाली कॉग्रेस एह नक्शा खाती होखे वाला संविधान संशोधन के समर्थन कऽ देले बा। राष्ट्रीय प्रजातंत्र पार्टी (आरपीपी), समाजवादी जनता पार्टी नेपाल अउरी राष्ट्रीय जनता पार्टी नेपाल पहिलहीं से एकरा समर्थन रहली हऽ सऽ।

मालूम होखे के चाहीं कि नेपाल के नवका प्रस्तावित नक्शा में भारत के तीन गो इलाका कालापानी, लिंपियाधुरा अउरी लिपुलेख के मिला के 365 किलोमीटर के क्षेत्र शामिल बा। भारत के लिपुलेख सड़क परियोजना के औपचारिक उदघाटन बाद से नेपाल चीन के कहला पऽ लगातार सीमा पर गतिरोध कर रहल बा।

Related posts

Leave a Comment

fourteen − five =