अरोपिन के फोटो वाला पोस्टर जल्दी हटावे यूपी सरकार: इलाहाबाद हाईकोर्ट

सीएए विरोधी आरोपिन के पोस्टर

सीएए विरोधी आरोपिन के पोस्टरप्रयागराज

इलाहाबाद हाईकोर्ट उत्तर प्रदेश सरकार के आदेश देत कहले बे कि यूपी सरकार सीएए विरोधी हिंसा में सम्पति के नोकसान पहुँचावे वाला आरोपिन के फोटो वाला पोस्टर जल्दी से हटावे।

मालूम होखो कि सीएए विरोधी प्रदर्शन में प्रदर्शनकारी लखनऊ में खुब जमि के हिंसा कइले रहलें। एह हिंसा में सरकारी अउरी लोगन संपति के खुब नोकसान पहुँचावल गइल रहे। सरकार एह हिंसा के भड़कावे वाला आरोपिन के पहचान कऽ के ओह लोगन के फोटो वाला पोस्टर शहर में लगवले रहल हऽ।

इलाहाबाद हाईकोर्ट एह ममिला के स्वतः संज्ञान ले के ई आदेश निजता के उल्लंघन के हवाला देत उत्तर प्रदेश सरकार के देले बे। संगहीं एह आदेश में कहले बे कि सरकार 16 मार्च के एह आदेश के पालन कइला के बाद हलफनामा दे।

एह आदेश के ले के सोशल मीडिया अउरी बाकी प्लेटफार्मन पऽ चर्चा शुरू हो गइल बा। बहुत लोग एह आदेश के पक्ष में बा तऽ बहुत लोग एह आदेश औचित्य पऽ सवाल खड़ा करत बा।

Related posts

Leave a Comment

1 + 15 =