सीएए विरोध ने नाम पऽ दिल्ली में बवाल: पेट्रोल पंप फूँकाइल

दिल्ली में सीएए के विरोध में बवालनई दिल्ली    

सीएए के विरोध में नाम पऽ उत्तर पूर्वी दिल्ली में प्रदर्शनकारी भारी हिंसा कइले बाड़े। एह हिंसा में एगो पुलिसकर्मी के संगे तीन आदिमी के मउत हो गइल बा। डीसीपी सहित सैकड़न लोगन घाव लागल बा।

भजनपुरा में उपद्रवी अपनी दंगाई सोच के परिचय देत एगो पेट्रोल पंप फूँक देले बाड़े।

प्रत्यक्षदर्शीन के हिसाब से ई उपद्रवी सैकड़न गाडी, दोकान, अस्पताल अउरी लोगन के घरन में आग लगा देले बाड़े।

एतवार के आधा रात से सीएए विरोधी प्रदर्शनकारी जाफराबाद में रोड रोक के धरना करत बाड़े। ई धरना प्रदर्शन देखत-देखत हिंसक हो गइल अउरी प्रदर्शनकारी पुलिस पऽ पत्थरबाजी करे शुरू कऽ दिहलन।

Related posts

Leave a Comment

5 − two =