नई दिल्ली
राजधानी दिल्ली के उत्तर पूर्वी दिल्ली में पिछिला तीन दिन से सीएए विरोधी हिंसा के घटना लगातार जारी। एह हिंसा अउरी आगजनी के दायरा लगातार बढ़त जा रहल बा।
इंटेलिजेंस सूचना के हिसाब से सुरक्षा एजेंसीन के कई गो संगठन पऽ शुबहा बा ऊ संगठन एह हिंसा के फइला रहल बड़े सऽ। ओह संगठन में पॉपुलर फ्रंट ऑफ इंडिया के मुख्य बा।
शुबहा बा कि ई हिंसा अमेरीकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के भारत यात्रा के देखि के फइलावे जा रहल बा।
सूचना के हिसाब से ई हिंसा उत्तर पूर्वी जिला के जाफराबाद, मौजपुर, भजनपुरा, गोकुलपुरी समेत कबीरनगर ले फइल गइल बा।