नई दिल्ली
दिल्ली के यमुना पार इलाका में भारी स्तर पऽ सीएए विरोधी हिंसा भइला के कारन सगरी सरकारी अउरी प्राइवेट स्कूल दू दिन खाती बन्द कऽ दिहल गइल बा।
काल्ह अउरी अगिला दिने उत्तर पूर्वी दिल्ली जिला में सीबीएससी बोर्ड के परीक्षा स्थगित कऽ दिहल ग इल बा।
भारी हिंसा के कारन दिल्ली के कई गो जिलन में धारा 144 लगा दिहल गइल बा।
सीएए विरोधी हिंसा में एगो पुलिसकर्मी समेत तीन आदिमी के मउत हो गइल बा। डीसीपी सहित सैकड़न लोगन घाव लागल बा।