नई दिल्ली
मौजपुर के बाद सीएए विरोधी एतवार राति में नागरिकता (संशोधन) अधिनियम के खिलाफ नारा लगावत दिल्ली के करावल नगर में जम के पत्थरबाजी करुवन। ई लोग मौजपुर अउरी शाहीनबाग के पक्ष में नारा लगा के वाहन अउरी रास्ता में आवे वाला सामानन के तोड़फोड़ करत आगे बढ़ गउवन।
ई भीड़ काल्ह जम के पथराव, तोड़-फोड़ अउरी मारपीट करुए। अनेक वाहनन के तुरल गइल बा। एह उपद्रव में पुलिस के संगे बहुते लोग घाही भइल बा। एह पत्थरबाजी में अनेक लोगन के कपार फूट गइल बा।