दो घंटा चलल बात बाकिर शाहीन बाग धरना पऽ बात आगे ना बढ़ पावल

शाहीन बाग नई दिल्ली

सुप्रीम कोर्ट के ओर नियुक्त कइल गइल वार्ताकार आज शाहीन बाग में प्रदर्शनकारीन से बात करे के परियास कइल लो बाकिर दो घंटा ले बात चलला के बादो शाहीन बाग धरना खतम करे के ले के केवनो बात आगे ना बढ़ पावल।

सुप्रीम कोर्ट शाहीन बाग के धरना के खतम करावे खाती तीन गो वार्ताकार नियुक्त कइले बे। एह वार्ताकारन में वजाहत हबीबुल्लाह, साधना रामचन्द्रन अउरी संजय हेगड़े शामिल बाड़ें।

साधना रामचन्द्रन अउरी संजय हेगड़े दू घंटा ले धरना प्रदर्शनकारीन से बात कइल लो बाकिर प्रदर्शनकारी शाहीन बाग के खाली करे खाती तइयार ना भइलन। उनकरा हिसाब से पुलिस के कारन सड़क पऽ आवाजाही रुकल बा। प्रदर्शनकारी साफ साफ ई कहत बाड़े कि जबले नागरिकता संशोधन अधिनियम वापस ना लिहल जाई ऊ लोग शाहीन बाग ना खाली करी।

तीसरा वार्ताकार वजाहत हबीबुल्लाह, साधना रामचन्द्रन अउरी संजय हेगड़े के बात कऽ के लवटि गइला के बाद शाहीन बाग चहुँपलन। बियफे के फेर से वार्ताकार बात करे वापस अइहें।

Related posts

Leave a Comment

four × five =