सीएए एनआरसी पर केरल विधानसभा में हंगामा

तिरुअनंतपुरम

नागरिकता संशोधन कानून (सीएए) के ले के केरल सरकार और राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान के बीच विवाद खत्म होखे नाम नइखे लेत। सीएए पऽ केरल सरकार अउरी राज्यपाल के अलगा-अलगा राय बा। जहाँ सरकार एह कानून के विरोध में कोर्ट गइल बे ओही जा राज्यपाल एह कानून के समर्थन बाड़े।

आज केरल विधानसभा में शुरू भइल बजट सत्र में नागरिकता संशोधन कानून (CAA) अउरी एनआरसी NRC के ले के खुब हंगामा भइल हऽ। राज्यपाल के विधानसभा पहुँचला पऽ सत्ता पक्ष अउरी यूडीएफ से जूड़ल विधायक राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान के खिलाफ नारा लगवलन हऽ अउरी उनकरी खिलाफ प्लेकॉर्ड देखवलन हँ

राज्यपाल आज विधानसभा में सरकार के नीतियन पऽ भाषण दीहन। एह भाषण में कैबिनेट के ओर से नागरिकता संशोधन कानून सीएए के खिलाफ प्रस्ताव पारित कइला के बारे में जिकिर कइल गइल बा।

Related posts

Leave a Comment

seven − three =