सिंध में दुल्हिन के अगवा कऽ के धर्म परिवर्तन

सिंध

पाकिस्तान के सिन्ध प्रांत के मटियारी जिला के हाला शहर से एगो हिन्दू दुल्हिन भारती बाई के शादी मंडप से अगवा कऽ के जबरजस्ती धर्म परिवर्तन कराके एगो मुस्लिम युवक से बियाह करावे के सूचना आ रहल बा। ई घटना पिछला दू हफ्ता में तीसरा घटना बे। माता-पिता के शिकायत पऽ पुलिस युवती के कराची से बरामद कऽ के सिंध में कोर्ट में पेश कइले बे।

ए घटना से पहिले ननकाना साहिब अउरी मीरपुर में अइसने घटना भइल रहल। पाकिस्तान में सालन से हिन्दू युवतीन के अपहरण, जबरन धर्म परिवर्तन अउरी मुस्लिम युवकन से बियाह के लगातार घटना रिपोर्ट होत रहे ला अउर पुलिस आ सरकार एह मामलन पऽ हमेशा लीपापोती कऽ बात ओरवा देला।

 

Related posts

Leave a Comment

9 + 3 =