सरस्वती पूजा खातिर पूरा जिला में “पूजा के दिन से मूर्ति भसान तक रही कड़ा चौकसी”

भोजपुरी समय, गोपालगंज

सरस्वती पूजा खातिर पूरा जिला में “पूजा के दिन से मूर्ति भसान तक रही कड़ा चौकसी”। एह दौरान पूरा जिला में पर्याप्त संख्या में सुरक्षा बलन के संगे दंडाधिकारी लोग के भी तैनात कइल जाई। एकरा अलावा पहिलहीं से चिन्हित कइल गइल संवेदनशील जगहन पर कड़ा चौकसी बरतल जाई। जिलाधिकारी के अध्यक्षता में आयोजित बइठक में सभे थाना क्षेत्रन में बइठक कर शांति समिति के गठन करे के निर्देश जारी कइल गइल बा।

असों 30 जनवरी के सरस्वती पूजा के देखत जिलाधिकारी अरशद अजीज  पूजा पंडालन के संगहीं आसपास के इलाकन में नजर राखे खातिर दिशानिर्देश जारी कइले बाड़न। ऊ सरस्वती पूजा के बाद मूर्ति भसान के दौरान पर्याप्त संख्या में दंडाधिकारीयन के तैनाती कइला के संगहीं संवेदनशील जगहन पर अतिरिक्त चौकसी बरते के निर्देश दिहले बाड़न। जिलाधिकारी धार्मिक अनुष्ठान आ पूजा में बाधा डाले वाला लोगन पर कड़ा कार्रवाई करे के आदेश भी दिहले बाड़न । एकरा संगहीं बिना लाइसेंस के भसान जुलूस निकलला पर प्रतिबंधो लगावे के निर्देश भी बा।अपना निर्देश में जिलाधिकारी महोदय साफ कहले कि पूजा के बाद अगिला दिन होखे वाला मूर्ति भसान के जुलूस निर्धारित कइल गइल रूट से ही ले जाए के निर्देश जिला के सभ थाना क्षेत्र में जारी होखो। एकरा अलावा मूर्ति भसान के जुलूस के लाइसेंस संबंधित अनुमंडल से लेवे के आ निर्धारित रूट के अक्षरश: अनुपालन करावे के निर्देश सभे बीडीओ आ सीओ को दियाइल बा।

Related posts

Leave a Comment

13 + 15 =