भोजपुरी समय,बनारस: उत्तर प्रदेश के सोनभद्र में सोना के खदान आ ओहमें बहुत बड़ मात्रा में सोना आ यूरेनियम जइसन धातुअन के होखला के पुष्टि भइला के बाद से प्रदेश के बीजेपी सरकार गदगद बीया। सरकार के मुखिया योगी आदित्यनाथ के एह घटना के भगवान राम के कृपा बतवले के बाद अब उनकर नायब केशव प्रसाद मौर्या भी कुछ अइसने कह रहल बाड़े। आज बनारस में एगो कार्यक्रम में पत्रकारन से बतियावत यूपी के डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्या कहलें कि सोनभद्र में ई जवन सोना के अकूत भंडार मिलल बा ई सभ मर्यादा पुरुषोत्तम भगवान श्रीराम के कृपा बा। ऊ कहलें कि अब एह स्वर्ण भंडार के बूते प्रदेश के गरीबी के दूर कइल आसान हो जाई,एकरा संगहीं प्रदेश के देश में नंबर एक बने में भी मदद मिली।