संजोग ना ई प्रयोग हऽ, शाहीन बाग में चल रहल प्रदर्शन पर पीएम मोदी सधले निशाना

भोजपुरी समय,नई दिल्ली: जस जस दिल्ली में चुनाव के दिन नजदीक आवत जाता वइसे-वइसे सभ पार्टी आपन पूरा जोर वोटर के लोभे में लगा रहल बा। अबकी के चुनाव ना खाली आम आदमी पार्टी आ ओकरा संयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल खातिर नाक के लड़़ाई बन गइल बा वरन एह चुनाव से बीजेपी के भी बहुत कुछ दांंव पर लागल बा। आज पहिला हाली पीएम मोदी दिल्ली चुनाव में भाजपा के प्रचार करे खातिर मैदान में उतरले त अपना चिर-परिचित अंदाज में विपक्ष पर जम के बरिस लेहन। अपना भाषण में पीएम मोदी सीएए, एनआरसीसी आ एनपीआर से लेके दिल्ली के विकास तक के बात कइलेहन।
शाहीन बाग के मुद्दा उठवले प्रधानमंत्री मोदी
अपना भाषण में पीएम मोदी शाहीन बाग के मुद्दा उठावत कहले कि दक्षिणी दिल्ली के शाहीन बाग में पछिला डेढ़ महीना से चल रहल विरोध प्रदर्शन कवनो संयोग ना हऽ ई प्रयोग हऽ। इहां ई जानल जरुरी बा कि जइसे देश भर में सीएए आ एनआरसी के लेके विरोध हो रहल बा अइसने शाहीन बाग में पछिला कई दिन से हो रहल बा। अपना भाषण में मोदी इहो कहलें कि देश के टुकी-टुकी करे वालन के गैंग के बचावल जा रहल बा।

Related posts

Leave a Comment

eighteen − 10 =