नई दिल्ली
सुप्रीम कोर्ट के आदेश पऽ अयोध्या में राम मंदिर बनावे खाती केन्द्र सरकार के बनावल श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र के पहिला बइठक आज ग्रेटर नोएडा में भइल हऽ। एह बैठक में महंत नृत्य गोपाल दास ट्रस्ट के अध्यक्ष चुनल गइल हऽ।
एही बइठक में चंपत राय के महासचिव अउरी स्वामी गोविन्द गिरि के कोषाध्यक्ष चुनल गइल हऽ। एह बइठक में भवन निरमान समिति के बनावल गइल हऽ जेवना के अध्यक्ष पूर्व प्रधान सचिव नृपेन्द्र मिश्रा के बनावल गइल हऽ।
संगहीं स्टेट बैंक ऑफ इन्डिया में ट्रस्ट के वित्तीय गतिविधि खाती एकाउंट खोले के निरनय भइल हऽ। एह बइठक में इहो निरनय भइल हऽ कि अगिला पन्द्रह दिन में ट्रस्ट के फेर से बइठक होई जेवना में राम मंदिर निर्मान करे के तिथि पऽ चर्चा होई।