नई दिल्ली
दिल्ली विधानसभ चुनाव जीते खाती भाजपा आपन पूरा शक्ति लगा देले बिया। आज केन्द्रीय गृहमंत्री अमित शाह, उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अउरी बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार दिल्ली में भाजपा खाती चुनावी रैली अउरी जनसभा करी लो।
भाजपा के राष्टीय अध्यक्ष जेपी नड्डा, रक्षामंत्री राजनाथ सिंह अउरी स्मृति इरानी संगे अनेक भाजपा नेता के आज महाजन संपर्क अभियान के तहत चुनाव प्रचार करिहें
काल्ह सोमार के प्रधानमत्री नरेंद्र मोदी के दिल्ली विधानसभा चुनाव के पहिला चुनावी रैली कड़कड़डूमा के सी. बी. डी. ग्राउंड में बा।