नई दिल्ली
शाहीन बाग में सीएए के खिलाफ चले वाला धरना प्रदर्शन में 30 जनवरी के एगो चार महीना के शिशु के मउत के सुप्रीम कोर्ट स्वतः संज्ञान ले ले बा। एकरा दिसाईं 10 फरवरी के सुनवाई होई। एह मामला के सुनवाई सीजेआई एस ए बोबडे के अध्यक्षता में सुप्रीम कोर्ट के बेंच फरवरी सोमार के करी।
एह सुनवाई में धरना अउरी प्रदर्शन में बच्चा अउरी शिशु के ले जाए के संबन्ध में सुप्रीम कोर्ट के बेंच सुनवाई करी।
राष्ट्रीय वीरता पुरस्कार से सम्मानित मुम्बई के रहबासी जेन गुनरतन सदावरते सुप्रीम कोर्ट के चिट्ठी लिखि के नियम तय करे गोहार लगवले बाड़ी।
शाहीन बाग में सीएए एनआरसी अउरी एनपीआर के खिलाफ पिछला 50 दिन से अधिका समय से सड़क रोकि के धरना-प्रदर्शन हो रहल बा जेवना कारन आसपास के रहे वाला लोगन परेशानी के सामना करे के परता।
एही धरना प्रदर्शन में एह शिशु के माई-बाप रात में ले के धरना स्थल पऽ आइल रहलें।