शाहीन बाग में धारा 144, ड्रोन से निगरानी

शाहीन बाग सीएएनई दिल्ली

नागरिकता संशोधन अधिनियम विरोधी धरना प्रदर्शन अउरी दिल्ली में भइल भारी हिंसा के बाद दिल्ली प्रशासन शाहीन बाग में धारा 144 लागू कऽ दिहल गइल बा। एह नोटिस के शाहीन बाग के नियरा के पुलिस बैरिकेट पऽ सटावल गइल बा।

दिल्ली पुलिस एह इलाका में एगो नोटिस जारी कऽ के कहले बे कि एह क्षेत्र में बटोराइल भा धरना प्रदर्शन करे के मंजूरी नइखे। जे एह आदेश के ना मानी ओकरा पऽ कानूनी कारवाई होई।

मालूम होखे के चाहीं कि हिन्दू सेना आज 1 मार्च के शाहीन बाग के धरना के खिलाफ मार्च करे के योजना रहल हऽ। बाकिर हिन्दू सेना अब ई प्रदर्शन वापिस ले ले बा।

उत्तर पूर्वी दिल्ली के कइगो इलाका में सीएए विरोधी हिंसा में अब ले 42 से अधिका लोगन के मउवत भइल बा अउरी करोड़ो के सम्पति के नोकसान भइल बा।

Related posts

Leave a Comment

twenty + 1 =