नई दिल्ली
काल्ह शाहीन बाग के बाद जाफराबाद में नागरिकता (संशोधन) अधिनियम के जेवन विरोध शुरू भइल रहुवे ओकर आँच फइलत-फइलत दिल्ली के चाँदबाग अउरी मालवीय नगर के हौज़रानी इलाका के चहुँप गइल बा।
काल्ह दुपहरिया बीतत-बीतत सीएए विरोधी प्रदर्शनकारी दिल्ली के भजनपुरा क्षेत्र के चाँदबाग में सड़क रोक के धरना देबे शुरु कऽ दिहुवन।
दिल्ली पुलिस अउरी दोसर सुरक्षा बल एह भीड़ के सुरक्षा खाती लगावल गइल बा।
जाफराबाद में बटोराइल ई भीड़ काल्ह सीएए समर्थकन अउरी पुलिस पऽ जम के पथराव, तोड़-फोड़ अउरी मारपीट करुए। अनेक वाहनन के तुरल गइल बा।
एह उपद्रव में पुलिस बहुत लोग घाही भइल बा।