शाहीन बाग: चौथो दिन के बात असफल

शाहीन बागनई दिल्ली

आज लगातार चौथा दिने सुप्रीम कोर्ट के नियुक्त कइल वार्ताकार शाहीन बाग चहुँप के प्रदर्शनकारीन से बातचीत करे के परियास कइले हँ।

आज तीन वार्ताकारन में खाली साधना रामचन्द्रन प्रदर्शनकारीन से बातचीत करे खाती शाहीन बाग चहुँपली। साधना रामचंद्रन प्रदर्शनकारीन से रोड खोले खाती निवेदन कइली बाकिर प्रदर्शनकारीन के राय बा कि जबले सीएए कानून खतम ना होई तबले प्रदर्शनकारी शाहीन बाग के धरना से ना हटिहें।

मालूम होखे के चाहीं कि जामिया के विरोध प्रदर्शन के घटना के बाद से सीएए एनआरसी के खिलाफ होखे वाला धरना प्रदर्शन शुरू भइला पऽ भइल रहल। शाहीनबाग प्रदर्शनकारी पिछिला दू महीना से अधिका समय से मेन रोड रोक के धरना देत बाड़ें। एह धरना के कारन लोगन के आवाजाही में बहुत परेशानी के सामना करे के पड़ता।

धरना पऽ बइठल प्रदर्शनकारी केहू के केवनो बात सुने खाती तइयार नइखन अउरी अपनी जिद्द पऽ अड़ल बाड़ें।

Related posts

Leave a Comment

ten − 2 =