नई दिल्ली
जामिया विश्वविद्यालय के गोपाल के गोली चलावे वाला मामला अभी सुलझले ना रहल कि शनिचर के शाहीन बाग में कपिल नाम के एगो लइका हवाई फायर घटना घट गइल।
एह घटना के बाद दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल भाजपा पऽ निशाना साधलन। अपनी ट्वीट में मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल गृहमंत्री अमित शाह पऽ वार कइलन।
अमित शाह जी, ये आपने क्या हाल बना रखा है हमारी दिल्ली का। दिनदहाड़े गोलियां चल रहीं है। कानून व्यवस्था की खुलेआम धज्जियां उड़ाई जा रही है। चुनाव आते जाते रहेंगे, राजनीति भी चलती रहेगी, लेकिन दिल्ली के लोगों की ख़ातिर, कृपया कानून व्यवस्था ठीक करने पर ध्यान दीजिए। https://t.co/sMg2BedUsJ
— Arvind Kejriwal (@ArvindKejriwal) February 1, 2020
ट्वीट में वार करत लिखलन कि दिल्ली में दिनदहाड़े गोली चलत बा। कानून व्यवस्था के खुलेआम धज्जी उड़ावल जा रहल बा। चुनाव आवत-जात रही, बाकिर दिल्ली वालन खाती कानून व्यवस्था ठीक करे पऽ धियान देबे के चाहीं।