शाहीन बाग: आज दूसरको दिन के बातचीत फेल

शाहीन बागनई दिल्ली

सुप्रीम कोर्ट के ओर नियुक्त कइल गइल वार्ताकार आज दूसरको दिन शाहीन बाग में प्रदर्शनकारीन से बात करे के परियास कइल लो बाकिर शाहीन बाग में धरना देबे वाला प्रदर्शनकारीन के जिद्द के कारन बात आगे नइखे बढ़ पावत।

साधना रामचन्द्रन अउरी संजय हेगड़े घंटन ले धरना प्रदर्शनकारीन के समझावे के परियास कइल हऽ लो बाकिर प्रदर्शनकारी केहू के कवनो बात सूने के तइयार नइखन।

प्रदर्शनकारीन के लागता कि जदि ऊ धरना खतम कऽ दिही लो तऽ उनकर केवनो सुनवाई ना होई। साधना रामचन्द्रन अउरी संजय हेगड़े प्रदर्शनकारीन के विश्वास दियवावे के बहुत परियास कइल हऽ। एही बीच साधना रामचन्द्रन नाराज हो गइवी।

तीसरा वार्ताकार वजाहत हबीबुल्लाह, साधना रामचन्द्रन अउरी संजय हेगड़े के बात कऽ के लवटि गइला के बाद शाहीन बाग चहुँपलन। शुक के फेर से वार्ताकार बात करे शाहीन बाग अइहें।

Related posts

Leave a Comment

fifteen − eight =