केहू में दम नइखे कि भारत के टुकड़ा कर सको-नीतीश कुमार

भोजपुरी समय, पटना

देशद्रोह आ भड़काऊ भाषण देके कई दिन से सुर्खीयन में रहे वाला शरजील इमाम के बिहार के जहानाबाद से गिरफ्तारी के बाद बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश के कहनाम बा कि आजकाल्ह देश के माहौल खराब करे के कोशिश कइल जा रहल बा, जवना के सामान्य करे के चाहता। लेकिन इहो बात बा कि ई हमनी सभे के चाहला भर से ना होखी। दिल्ली पुलिस आपन काम कइले बिया, आ शरजील के गिरफ्तार करे में बिहार पुलिस भी सहजोग कइले बा जवना के भोर नइखे पारल जा सकत। उंहा के (नीतीश) कहनी कि एह धरती पर केहू नइखे जे अब फेर से हमनी के भारत के टुकड़ा कऽ सको।

नीतीश कुमार कहले कि शरजील इमाम के बिहार के जहानाबाद से गिरफ्तारी भइल बा। बिहार पुलिस के मदद से दिल्ली पुलिस ओकरा के  गिरफ्तार कइले बिया। ऊ आगे कहलें कि एह तरह से देश के खिलाफ दिहल जाए वाला बयान गलत बा, एह मामला पर अब कोर्ट कार्रवाई तय करी। ऐने, गिरफ्तार शरजील इमाम के जहानाबाद कोर्ट में पेश कइल गइल। जंहवा सुनवाई के बाद कोर्ट दिल्‍ली पुलिस के ट्रांजिट रिमांड पर शरजील के दे दिहलख। बतावल जा रहल बा कि शरजील इमाम के कोर्ट में ही मेडिकल टेस्‍ट करावल जाई। एकरा बाद दिल्‍ली पुलिस ओकरा के अपना संगे दिल्ली ले जाई। बतावल जा रहल बा कि सुनवाई के दौरान कोर्ट परिसर की सुरक्षा व्‍यवस्‍था कड़ा कर दिहल गइल रहल हऽ, आ शरजील के भी कड़ा सुरक्षा घेरा में राखल गइल रहल हऽ।

Related posts

Leave a Comment

five + seventeen =