जोश-जोश में असम काटे के बात कइनी – शरजील इमाम के कबूलनामा

भोजपुरी समय, नई दिल्ली

दिल्ली पुलिस से पूछताछ में शरजील इमाम ई कबूल कइले बा कि ऊ जोश-जोश में असम काटे के बात कइलस। हालाँकि ऊ इहो बात कहत बा कि जेवन वीडियो वायरल भइल बा पूरा नइखे। ओकर पूरा भाषण एक घंटा के रहे।

राजद्रोह के आरोप में गिरफ्तार जवाहरलाल नेहरू यूनिवर्सिटी जेएनयु के रीसर्च स्कॉलर शरजील इमाम शाहीन बाग के एह भड़काऊ भाषण से सिवाय अउरीओ कइगो भड़काऊ भाषण अलीगढ़ अउरी बिहार के फुलवारी शरीफ में देले बा।

शरजील के दिल्ली पुलिस बिहार के जहानाबाद के काको गाँव के इमाबाड़ा के बाहर 28 जनवरी के गिरफ्तार कइलस।

मालूम होखो कि शरजील इमाम ई भड़काऊ भाषण दिल्ली के शाहीन बाग में सीएए एनआरसी के खिलाफ होखे वाल धरना प्रदर्शन में देले रहे।

Related posts

Leave a Comment

two × one =