भोजपुरी समय, नई दिल्ली
दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 के परिणाम घोषित भइला के बाद आज राष्ट्रपति श्री रामनाथ कोविंद के द्वारा दिल्ली सरकार के शपथ ग्रहण खातिर अधिसूचना जारी कर दिहल गइल बा, एह अधिसूचना के अनुसार राष्ट्रपति कोविंद केजरीवाल के दिल्ली के मुख्यमंत्री नियुक्त लव कइले बानी।
ओहिजा जारी अधिसूचना के मोताबिक केजरीवाल के संगे छवगो (6) विधायक मंत्री पद के शपथ लिही लोग। शपथ लेबेवाला में मनीष सिसोदिया, सत्येंद्र जैन, गोपाल राय, कैलाश गहलोत, इमरान हुसैन, राजेंद्र गौतम के नांव शामिल बा। बहरहाल भोजपुरी समय के ओर से दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल आ उनका भावी मंत्रीमंडल के अनघा बधाई आ सुकामना बा।