भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय, छपराः भोजपुरी के पहिला उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पर आयोजित ऑनलाइन कार्यक्रम में सारण भोजपुरिया समाज के सलाहकार आ वरिष्ठ सदस्य प्रसिद्ध गजलकार आ भोजपुरी भाषा के विद्वान डॉ.जौहर सफियाबादी कहलें कि श्रद्धेय रामनाथ पांडेय के नाम पर एही बरिस दूगो वेबसाइट संस्था के द्वारा शुरू कइल जाई। एह बारे में विस्तार से बतावत डॉ. सफियाबादी कहनीं कि जहां एगो वेबसाइट के नाम रामनाथ पांडेय भोजपुरी के पहिलका उपन्यासकार रही ओहिजा दूसरका के नाम सारण भोजपुरिया समाज होखी। एओह वेबसाइटन के माध्यम से भोजपुरी के प्रचार-प्रसार के संगे-संगे भोजपुरी साहित्य आ लोककला के हर विधा के प्रोत्साहन दिहल जाई। ऊंहां के बतवनीं कि पांडेयजी के जन्म तिथि 8 जून से 16 जून तक सारण भोजपुरिया समाज के फेसबुक पेज से रोजाना गीत-गजल आ कविता के प्रस्तुति के संगहीं ही विद्वतजन के व्याख्यान के भी आयोजन भइल बा।