यूरोपियन संसद में सीएए विरोधी प्रस्ताव पऽ वोटिंग मार्च ले टलल

ब्रूसेल्स

यूरोपियन संसद सीएए विरोधी प्रस्ताव पऽ वोटिंग मार्च ले टाले के निरनय ले ले बिया। ई भारत खाती एगो कूटनीतिक जीत बा। मालूम होखे कि यूरोपियन संंसद के कुछ सदस्य सीएए के खिलाफ वोटिंग प्रस्तावित कइले रहलें हँ अउरी ओही विषय पऽ बुधवार के वोटिंग होखे वाला रहल हऽ। बाकी सदस्यन के माँग पऽ ई वोटिंग मार्च ले टाल दिहल गइल बा।

जेवना बेरा ई प्रस्ताव संसद के पटल पऽ पेश भइल ओह समय 483 प्रतिनिधि मौजूद रहूवन। 271 सदस्य वोटिंग के तारिख बढ़ावे खाती तऽ 199 एकरा विरोध में अउरी 13 सदस्य वोटिंग से अनुपस्थित रहुवन। ई प्रस्तव संयुक्त रुप से पाँग गो प्रभावशाली राजनैतिक समूहन के ओर से पेश कइल गइल रहल हऽ।

Related posts

Leave a Comment

2 × one =