बोर्ड परीक्षा खातिर 15 फरवरी से 31 मार्च ध्वनि प्रदूषण रोके खातिर यूपी पुलिस चलाई विशेष अभियान

डीजीपी हितेश चंद्र अवस्थी

डीजीपी हितेश चंद्र अवस्थीभोजपुरी समय, लखनऊ
बोर्ड परीक्षा के लेके 15 फरवरी से 31 मार्च तक ध्वनि प्रदूषण रोके खातिर यूपी पुलिस विशेष अभियान चलाई। यूपी के डीजीपी हितेश चन्द्र अवस्थी पूरा प्रदेश में ध्वनि प्रदूषण के खिलाफ अभियान चलावे के निर्देश दिहऽलेहन।
112 पीआरवी आ स्थानीय पुलिस मदद करी
एह निर्देश के मोताबिक
लइकन के पढ़े के दौरान शोरगुल से परेशान होखे वाला के 112 पीआरवी आ स्थानीय पुलिस मदद करी।

डीजीपी साफ कहलें कि पुलिस 112 पर शिकायत मिलते विद्यार्थियन के तुरतले मदद करी, आ लइकन के पढ़े खातिर ध्वनि प्रदूषण करेवाला यंत्रन के बंद करवाई।

ओहिजा लइकन के सुविधा खातिर सोशल मीडिया से लेके हेल्पलाइन नंबर 112 पर शिकायत करेके बेवस्था दिहल गइल बा।

लगातार नियमन के तुड़ला पर होखी कानूनी कार्रवाई
एह अभियान खातिर कंट्रोल रूम में कॉल टेकर्स, पीआरवी आ प्रदेश भर के सभ थाना में तैनात पुलिसकर्मियन के विभाग द्वारा प्रशिक्षित कइल जा रहल बा।

Related posts

Leave a Comment

5 + one =