नई दिल्ली
पूरा देश में गरमी बढ़े लागल बा। देश के राजधानी दिल्ली समेत गरम हवा बहत बा। भारतीय मौसम विभाग (IMD) दिल्ली, पंजाब, हरियाण, चंडीगढ़ अउरी राजस्थान खाती रेड वार्निंग जारी कइले बा। दिल्ली, पंजाब, हरियाण, चंडीगढ़, राजस्थान, मध्यप्रदेश, विदर्भ अउरी तेलंगाना में लू चली।
अगिला तीन दिन ले एह राज्यन में मौसम अउरी तापमान बहुत बेसी रही अउरी लोगन के गरम हवा अउरी उमस से राहत ना मिली। मौसम विभाग के हिसाब से मंगर के दिल्ली में तापमान 46 डिग्री ले चहुँप सकेला। संगही सोमार के दिल्ली में हवा 30-40 किलोमीटर रफ्तार से चली।