भोजपुरी लघुफिल्म ‘माटी के आदमी’ भइल रिलीज

भोजपुरी लघुफिल्म ‘माटी के आदमी’नई दिल्ली

विगत 26 जनवरी के रिलीज भइल भोजपुरी लघु फ़िल्म “माटी के आदमी” यूट्यूब के हिंदुस्तान पोस्ट चैनल पर रिलीज भइल। भोजपुरी प्रेमी लोग के ई लघु फ़िल्म बहुत पसंद पड़ता। वर्तमान समय में भारतीय सिनेमा अपना सफलता के गगन में झंडा लहरा रहल बा जबकि भोजपुरी धीरे-धीरे आपन साख खोवत जा रहल बा। खास दर्शक वर्ग भोजपुरी फिल्मन से दूर हो रहल बारें। अईसे में लघु फिल्म के एगो दौर शुरू हो चलल बा जवना में कईगो बन्हिया-बन्हिया भोजपुरी लघु फ़िल्म आईल बारें स। एहि में से एगो फ़िल्म बा “माटी के आदमी” । फ़िल्म के लेखक-निर्देशक लव कान्त सिंह जी बतवलें कि फ़िल्म समाज के ओह विषय पर बात करता जवना पर से लोग के ध्यान हट रहल बा आ उ ह पारंपरिक काम के त्याग के पलायन कइल। ई फ़िल्म एगो कुम्हार पर केंद्रित बा जवना में ओकर पारंपरिक पेशा आ परिवार के भरण-पोषण के बीच एगो जद्दोजहद बा। साथ ही साथ पलायन पर भी बात भइल बा। फ़िल्म आपन दर्शकन के उद्द्यमि बने के भी प्रेरणा देता। बाकी ओकरा से पहले ओकर करुण व्यथा से दर्शक व्यथित हो गइले।

फ़िल्म में मुख्य कलाकार के रूप में सुप्रसिद्ध रंगकर्मी मुन्ना यादव तथा अन्य कलाकार अंजू सिंह, सुमंत कुमार सिंह, कुशवाहा कान्त सिंह और गुड्डू बहुत अच्छा काम कईले बारें। फ़िल्म जनता के बीच से जनता के बात जनता खातिर का रहल बिया इहे एकरा महत्व के बढावाता। फ़िल्म में दिल के छुवेवाला एगो गीतो बा। एह गीत के लिखले बारें प्रसिद्ध कवि कुन्दन सिंह काव्यांश, संगीत से सजवले बारें मनोज सुमन जी आ आवाज़ बा लोकप्रिय भोजपुरी गायक मोहन सिंह मितवा के। निर्देशक-लेखक लव कान्त सिंह सारण जिला के बांसडीह गांव के रहेवाला बारें आ भोजपुरी लेखन आ रंगमंच से जुड़ाव बहुत पुरान बा।

Related posts

Leave a Comment

7 − 5 =