श्रद्धांजलि: महात्मा गाँधी के पुण्यतिथि

नई दिल्ली

आज महात्मा गाँधी के पुण्यतिथि हऽ। दुनिया के अहिंसा के पाठ पढावे वाला गाँधी जी के नाथूराम गोडसे दिल्ली में आजे के दिन 30  जनवरी 1948 के गोली मार के हत्या कइलस।

नाथूराम गोडसे गाँधी जी के भारत पाकिस्तान के बँटवारा के दोषी मानत रहल। ओही खीस में गोडसे गाँधी जी के बिरला भवन में संध्या भजन के समय सायं पांच बज के सत्तरह मिनट पऽ तीन गोली मार के हत्या कऽ दिहलस।

गाँधी जी के जनम 2 अक्टूबर 1869 के पोरबन्दर, गुजरात में भइल रहे।

Related posts

Leave a Comment

14 − thirteen =