मशरख में किराना आ जेनरल स्टोर दोकान के गोदाम से 50 हजार रुपिया के सामान भइल चोरी

मशरख में किराना आ जेनरल स्टोर दोकान के गोदाम से 50 हजार रुपिया के सामान भइल चोरी

दोकान में छितराइल सामान देखावत पीड़ीत दोकानदार शत्रुघ्न साह

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय, मशरख (सारण): छपरा के मशरख थाना क्षेत्र के देवरिया बाजार स्थित गुप्ता जेनरल स्टोर आ किराना दोकान के गोदाम से शुक के रात में लगभग 50 हजार रुपिया के सामान के चोरी के धटना के अपराधियनके द्वारा अंजाम  दिहल गइल बा। जानकारी के मोताबिक ई दोकान  शत्रुघ्न साह के बा। पीड़ीत दोकानदार के मोताबिक चोर उनका गोदाम में राखल लगभग 50 हजार से बेसी रुपिया के सामान के चोरी कर लिहले बाड़न। चोरन के द्वारा चोरी के एह घटना के पता तब चलल जब आज सबेरे लगभग 6:00 बजे शत्रुघ्न साह आपन दोकान खोले अइले। शत्रुघ्न साह के मोताबिक जब ऊ दोकान पर अइले तब दोकान के ताला टूटल देखले त उनकर आंख खुलल के खुलल रह गइल। एकरा बाद ऊ बिना कवनो देर कइले तुरंते मशरक थाना के पुलिस के एकर सूचना दिहले।जवना पर कार्वाई करत मशरक थाना प्रशासन एह मामला में रिपोर्ट दर्ज कऽ के आगा के उचित कार्रवाई खातिर जांच शुरू कर दिहले बा।

Related posts

Leave a Comment

one × 5 =