मशरक के बहरौली में मिलल कोरेना के पहिला मरीज, यात्रा के इतिहास से मशरक में मचल हडकंप।

बहरौली इस्थित क्वारेेटाइंन सेंटर

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय, मशरक:(सारण): छपरा के मशरख प्रखंड के बहरौली में कोरोना के पहिला मरज के मिलल से प्रखंड प्रशासन के संगे संगे गांव वाला लोग में भी हड़कंप मच गइल बा। जानकारी के मुताबिक मशरक प्रखण्ड के बहरौली पंचायत के खुशी शाह के टोला वार्ड नंबर 6 से 65 बरिस के एगो मरीज के कोरोना पॉजिटिव मिलला से पूरा थाना क्षेत्र में दहसत फइल गइल बा। बता दिहीं की ई पॉजिटिव मरीज कुछ दिन पहिले कोलकाता से बस से लगभग 3 दर्जन लोग के साथे मशरक पहुंचल। एह यात्रियन में कई जगहा के लोग रहे। मशरक में बस से उतरला के बाद ई व्यक्ति प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र मशरक पर थर्मल स्क्रीनिंग मशीन से आपन जांच कराके मशरक डिग्री कॉलेज सहित क्षेत्र के तमाम क्वारेंटाइन केंद्र पर गइले, बाकिर उनका कहीं जगहा ना मिलल तब ऊ अपना घर वालन के फोन कइले, जवना के बाद इनकरा घर के लोग बहरौली पंचायत के मुखिया के फोन कऽ के पूरा घटनाक्रम के जानकारी देहलन। मरीज के परिजन से घटना के जानकारी मिलला के बाद मुखिया अजित सिंह लॉकडाउन के शुरुआत में पंचायत के पाण्डेय टोला में बनल उत्क्रमित उच्च मध्य विद्यालय में स्थित क्वारेंटाइन केंद्र पर मरीज के पहुंचवलन। एकरा बाद पंचायत के एगो टेम्पो के बेवस्था कर के उनकरा के मशरक बोर्ड मिडिल स्कूल में बनल क्वारेंटाइन केंद्र पर पहुँचवलन, जहाँ मरीज के खांसला से एह सेंटर पर रह रहल प्रवासी मजदूरन के विरोध के कारण इनकरा के स्कूल के बरामदा में राखल गइल आ मशरक स्वास्थय केंद्र के जानकारी दियाइल, जवना के बाद स्वास्थय केंद्र के डॉक्टर जिला प्रशासन से एम्बुलेंस के मांग कऽ के एम्बुलेंस से इनकरा के सदर अस्पताल रेफर कर दिहल लोग। जहां जिला प्रशासन द्वारा जाँच कइला पर ई मरीज कोरोना पॉजिटिव पावल गइल बारे। एकरा बाद एहतियातन बहरौली से सटल 3 किलोमीटर के क्षेत्र के पूरा तरह से सील कर दिहल गइल बा। ओहिजा थाना प्रभारी रत्नेश कुमार वर्मा बतवलन की जिलाधिकारी के आदेश पर तीन किलोमीटर के सीमा पूरा तरह सील रही, एकर जे उल्लंघन करी त ओकरा पर कानूनी कार्यवाही कइल जाई। ओहीजा सीओ ललित कुमार सिंह कहलन की अतिआवश्यक काम होखे तबे केहू घर से बाहर निकलो, ना त कानुनी कार्रवाई के सामना करे के पड़ सकता।

Related posts

Leave a Comment

5 × 4 =