नई दिल्ली
मध्य प्रदेश में फइलल राजनैतिक अस्थिरता अउरी राज्यपाल के बहुमत परीक्षण के आदेश अउरी विधानसभा अध्यक्ष के विधानसभा 26 मार्च ले स्थगित कइला के बाद भाजपा एह ममिला के ले के सुप्रीम कोर्ट पहुँचल बे।
सुप्रीम कोर्ट के बहुमत परीक्षण के संबन्ध में सुनवाई चल रहल बे। एह सुनवाई से तय होई कि बहुमत परीक्षण कब होई।
16 मार्च के विधानसभा अध्यक्ष राज्यपाल के भाषण के तुरन्त बाद कोरोना वायरस के हवाला देत विधानसभा 26 मार्च ले स्थगित कऽ दिहलें।