नई दिल्ली
सुप्रीम कोर्ट में काल्ह 18 मार्च से बहुमत परीक्षण के संबन्ध में सुनवाई चलत रहल हऽ। सुप्रीम कोर्ट आज सुनवाई के पूरा कइला के बाद कमलनाथ सरकार के काल्ह साँझ 5 बजे ले बहुमत सिद्ध करे के आदेश देले बे।
16 मार्च के मध्य प्रदेश विधानसभा अध्यक्ष राज्यपाल के भाषण के तुरन्त बाद कोरोना वायरस के बढ़त प्रकोप के हवाला देत विधानसभा 26 मार्च ले स्थगित कऽ दिहलें रहलन हँ।
मध्य प्रदेश राज्यपाल भाजपा के अपील कइला के बाद राज्य विधानसभा अध्यक्ष के बहुमत परीक्षण करावे के आदेश देले रहलन बाकिर विधानसभा अध्यक्ष राज्यपाल के चिट्टी पऽ कान ना दिहलन तऽ भाजपा एह ममिला के ले के सुप्रीम कोर्ट पहुँचल रहलि हऽ।