भोपाल
मध्य प्रदेश के कमलनाथ सरकार पऽ अस्तित्व के खतरा मडराए लागल बा। कॉग्रेस एगो हाई वोल्टेज ड्रामा में भाजपा के आरोप लगवले बे कि भारतीय जनता पार्टी ओकरा के सपोर्ट करे वाला 8 विधायकन के अगवा कऽ के हरियाणा के मानेसर के होटल में बन्द कइले बे।
कॉग्रेस नेता दिग्विजय सिंह के एगो ट्वीट के हिसाब से भाजपा मध्य प्रदेश के कॉग्रेस, समाजवादी पार्टी अउरी बहुजन समाजवादी पार्टी के विधायकन के भोपाल से दिल्ली के आइल बे। फेर ओह विधायकन के दिल्ली से मानेसर के होटल में ले गइल बे।
भाजपा ने मप्र के कॉंग्रेस बसपा समाजवादी विधायकों को दिल्ली लाने की प्रक्रिया प्रारंभ कर दी है। बसपा की विधायक श्रीमती राम बाई को क्या भाजपा के पूर्व मंत्री भूपेन्द्र सिंह जी कल चार्टर फ़्लाइट में भोपाल से दिल्ली नहीं लाये? शिवराज जी कुछ कहना चाहेंगे?
— digvijaya singh (@digvijaya_28) March 3, 2020
मालूम होखे के चाहीं कि मध्य प्रदेश विधान सभा में 239 सदस्य बाड़े। जेवना में कॉग्रेस के 114 विधायक, भाजपा के 107 अउरी 9 गो विधायक दोसरा पार्टी के बाड़न सऽ।