मध्यप्रदेश: भाजपा के सरकार संभव, सांझ के विधायक दल के बैठक

shivraj singh chauhan शिवराज सिंह चौहान

shivraj singh chauhan शिवराज सिंह चौहानभोपाल

कमलनाथ सरकार के इस्तीफा दिहला के बाद अब मध्यप्रदेश में भाजपा के सरकार बनावे के रास्ता साफ हो गइल बा। आज साँझ के भाजपा विधायक दल के बैठक में विधायक दल के नेता चुनल जाई। खबर बा कि शिवराज सिंह चौहान फेर के विधायक दल के नेता चुनल जाई।

मध्यप्रदेश विधानसभा के कुल्ह 230 विधायक बाड़न। बहुमत के आंकड़ा 116 बा। अभी दू गो विधायकन के मउत हो गइल बा। अउरी बीस गो विधायक इस्तीफा दे देले बाड़न सऽ। एसे वर्तमान में बहुमत के आंकड़ा 105 हो गइल बा।

वर्तमान में भाजपा के अकेले 107 विधायक बाड़े। एसे एह हालत में भाजपा के मध्यप्रदेश में सरकार बनावल आसान हो गइल बा।

22 गो कॉग्रेस विधायकन के इस्तीफा के बाद अब विधानसभा में भाजपा के 107 गो विधायक, कॉग्रेस के 92 गो विधायक, 4 गो निर्दलीय, 2 गो बसपा अउरी एगो सपा के विधायक रहि गइल बाड़े।

Related posts

Leave a Comment

eleven − four =