भोजपुरी समय, देवरिया: भोजपुरी के सुप्रसिद्ध हास्यकवि पंडित कुबेर नाथ मिश्र जी के पहिलका पुण्यतिथि भोजपुरी संगोष्ठी आ कवि सम्मेलन के रूप में 25 फरवरी के मनावल गइल। एह कार्यक्रम के अध्यक्षता सेवानिवृत्त तहसीलदार राजकुमार मिश्र कइलें। सम्मेलन के उद्घाटन मुख्य अतिथि भाजपा के वरिष्ठ नेता आ समाज सेवी राजकुमार शाही आ विशिष्ट अतिथि भोजपुरिया अमन पत्रिका के संपादक आ विश्व भोजपुरी परिषद नई दिल्ली के राष्ट्रीय महासचिव/संयोजक डॉ. जनार्दन सिंह दिया जरा के आ विचित्र जी के फोटो पर फूल चढ़ाके कइलन। गोष्टि के सम्बोधित करत श्री शाही जी कहलन की कवि कुबेर जी देवरिया जिला के शान आ भोजपुरी के गौरव रहलन।
डॉ जनार्दन सिंह आपन काव्य पाठ में आज के परिवेश में देश आ समाज के चर्चा करत कहलन की “हे राजनीति के गिद्ध पुरुष नोचऽ मत देश के लाश के। मत ले के मत पर मत थूक , मत गाली द विश्वास के। ओहिजा मीडिया पर व्यंग करत कहलन की “तू कह त हम दिवाली के मोहर्रम के रात लिख दीं, तू नजराना त द। तू कह त हादसा के मजहबी उत्पात लिख दीं। तू नजराना त द।
दूर-दूर से आइल कवि लोग बान्हल समां
बलिया से आइल प्रसिद्ध कवि नन्दजी नंदा,डॉ जितेंद्र यादव, डॉ सुवास यादव,फ़िगार देवरियावी, डॉ हनीफ झमेला, राजेश्वर द्विवेदी, रत्नेश मिश्र आदि कवि लोग अपनी रचना से लोगन के मन हरिहर कऽ दिहल लोग।
एह मौका पर अध्यक्ष राजकुमार मिश्र आ अमित मिश्र पुष्प माला ,अंग वस्त्र आ स्मृति चिन्ह भेंट कऽ के आइल कविगण आ अतिथि लोग के सम्मानित कइलें। ओहिजा जितेंद यादव आ मकसूद भोपतपुरी के “विचित्र रत्न”से भी सम्मानित कइल गइल। एह कार्यक्रम के संचालन नन्दजी नंदा कइलन। कार्यक्रम के अंत में कार्यक्रम के मुख्य संयोजक राम मनोहर मिश्र, कृष्ण मोहन मिश्र अमित मिश्र अतिथि लोगन के आभार प्रकट कइल।