भारतीय अर्थव्यवस्था में मंदी अस्थायी – आईएमएफ

दावोस

स्वीट्जरलैंड के दावोस शहर में विश्व आर्थिक मंच के बैठक में अंतरराष्ट्रीय मुद्राकोष के प्रमुख क्रिस्टलीना जॉर्जिवा भारतीय अर्थव्यवस्था में आइल आर्थिक मंदी पऽ आपन राय रखत कहली कि भारतीय अर्थव्यवस्था में आइल मंदी अस्थायी बा। आगे एकरा में सुधार होई।

आईएमएफ़ प्रमुख आगे बात करत कहली, ” हमनी के भारत के अर्थव्यवस्था आर्थिक ग्रोथ के ले के आपन अनुमान घटवले रहनी जा बाकिर हमनी के राय बा कि ई अस्थायी बा।‘

आईएमएफ़ प्रमुख क्रिस्टलीना उम्मीद जतवली कि उभरत अर्थव्यवस्थन में भारत के संगे-संगे इंडोनेशिया अउरी वियतनाम जइसन देशन के अर्थव्यवस्था में सुधार के संभावना बा।

अंतरराष्ट्रीय मुद्रा कोष के हिसाब से ग्लोबल जीडीपी आउटलुक में गिरावट खाती 80 फीसदी ले भारत जिम्मेदार बा।

विश्व आर्थिक मंच के बैठक में हिस्सा लेत भारतीय कारोबारी भारत के ले सकारात्मक राय रखल लो।

Related posts

Leave a Comment

3 × 3 =