बैंकिंग क्षेत्र दबाव में, सरकार खाती मुश्किल – अभिजीत बनर्जी

जयपुर

नोबल पुरस्कार विजेता अउरी प्रसिद्ध अर्थशास्त्री अभिजीत बनर्जी जयपुर लिटरेचर फेस्टिवल में एतवार के भारतीय अर्थव्यवस्था में आइल मंदी पऽ आपन राय रखत कहलन कि भारतीय बैंकिंग क्षेत्र एनपीए के समस्या के कारन बहुत दबाव में बा अउरी एह क्षेत्र के उबार सरकार खाती बहुत मुश्किल काम साबित होई।

आपन बात आगे बढ़ावत कहलें कि ऑटो सेक्टर में माँग के कमी भारतीय अर्थव्यवस्था में विश्वास के कमी के कारन बा।

अभिजीत बनर्जी ‘गुड इकोनोमिक्स फॉर हार्ड टाइम्स’, अउरी ‘पुअर इकोनोमिक्स’ जइसन किताब के लेखक अउरी गरीबी जइसन विषय के विशेषज्ञ हवीं।

Related posts

Leave a Comment

3 × 1 =