बिजली कनेक्शन कटला पर महिला लोग कइल रास्ता बंद 

नितिन अवस्थी, भोजपुरी समय, मीरजापुरः एक ओर त भारत सरकार के प्रधानमंत्री हर-घर बिजली योजना के तहत गांव-गांव में मुफ्त बिजली कनेक्शन सरकार के द्वार दिया रहल बा। त ओहिजा उत्तर प्रदेश के मीरजापुर के जलालपुर में लोगन के घर के कनेक्शन बिजली विभाग के द्वारा काटल जा रहल बा।

कनेक्शन कटइला से नाराज मेहरारु लोग लगावल पावर हाउस पर जाम

ताजा मामला के अनुसार प्रदेश के मीरजापुर सहित तमाम जिलन में सरकार मुफ्त बिजली कनेक्शन बंटलस, बाकि अब ओहि कनेक्शन पर बिल भेजला के संगहीं कनेक्शन के कटइला से जलालपुर के दौलत आ मुसहरान बस्ती के भड़कल महिलालोग फतहां पावर हाऊस के सोझा रास्ता जाम कर दिहल लोग।

 

अधिकारियन से बातचीत के बादे खुलल जाम

परीक्षा आ त्योहार के मौका पर विभाग के मनमानी के कारणे मेहरारुअन के सड़क पर अइला से गाड़ियन के लम्बा काफिला लाग गइल। एह बीच तकरीबन एक घंटा ले लागल जाम के खोलवावे में अधिकारी लोग के पसीना छुट गइल। सूत्रन से मिलल जानकारी के मोताबिक जलालपुर के रहेवाली एह उपभोक्ता मेहरारुअन से बिजुली विभआग के अधिकारी लोग बातचीत कऽ के मनावल लोग आ जाम खोलवा पावे में सफल भइल लोग।

 

सरकारी योजना के तहत बंटाइल रहल हऽ बिजली कनेक्शन

दरअसल बिजली के सुविधा से वंचित लोगन के घर में अभी तक बिजली नइखे पहुंचल, उहां  सरकार के योजना हर घर के मिल रहल बिजली के तहत जलालपुर के दौलत आ मुसहरान बस्ती में भी कनेक्शन बांटल गइल रहे। बाकि बियफे के दल-बल के संगे इहंवा पहुंचल बिजली विभाग के जेई दर्जनों कनेक्शन के कटवा दिहलें।

 

बिल के बकाया के कारने कटल कनेक्शन

एह मामिला में जब विभआग के अधिकारियन से बात कइल गइल त विभाग के कहनाम बा कि बिजली के बहुते बकाया भइला पर ही कनेक्शन कटाइल बा । जबुकि आक्रोशित मेहरारुअन के कहनाम बा कि जब बिजली मुफ्त बा तऽ ओकर बिल भेजके  झूंठहूं परेशान किया जा रहा है। पहिले कहाइल कि मुफ्त बा अब एकरा भुगतान के बात कहल जा रहल बा। एह लोग के कहनाम रहे कि गरीबी के मार से त नीमन ऊ लोग बिना बिजली के ही ही रहे लोग। हमनी के लइका लालटेन आ ढिबरी में पढ़त रहहलन। बिजली मिलल तो आदत बदल गइल। जब परीक्षा चल रहल बा त्योहार आ गइल तब खाली परेशान करे खातिर ओह लोग के कनेक्शन काटल गइल बा।

 

Related posts

Leave a Comment

twelve − six =