बस-ट्रेन के किराया राज्य सरकार दी: सुप्रीम कोर्ट्र

नई दिल्ली

पूरा देश में प्रवासी मजदूरन के समस्या के देखत आज सुप्रीम एगो बड़हन फैसला देले बे। अपनी अंतरिम आदेश में सुप्रीम कोर्ट कहले बा की मजदूरन से बस भा ट्रेन के किराया ना लिहल जा सकेला। अपनी आदेश में सुप्रीम कोर्ट्र कहले बे कि राज्य सरकार मजदूरन के किराया दी अउरी सगरी मजदूरन के उनकरी घरे चहुँपे के बेवस्था करी।

कोरोना वायरस के संक्रमण अउरी दिन ब दिन परेशानी बढ़त देखि सुप्रीम कोर्ट्र अपनी आदेश में राज्यन से कहले बे कि राज्य सरकार मजदूरन के वापसी में तेजी ले आवे।

संगही शीर्ष अदालत आदेश देले बा कि राज्य सरकार मजदूरन के खाना अउरी पानी के बेवस्था करी। मजदूरन के घरे जाए खाती बस भा ट्रेन के जुड़ल सूचना देबे के जानकारी राज्य सरकार के बा।

Related posts

Leave a Comment

15 + twelve =