बलिया में कोरोना वायरस के 60 मरीज में से 50 मरीज ठीक, रिकवरी रेट 83.3%

बलिया

बलिया में 11 जून के कोरोना वायरस संक्रमण के 11 मरीजन के ठीक भइला के बाद बलिया में 60 में से 50 ठीक हो गइल बाड़े।पिछिला 4 दिन से बलिया में कोरोना के एको मरीज सोझा नइखे अइलें।

बलिया में कोरोना वायरस संक्रमण के 32वां दिन हऽ अउरी रिकवरी रेट 83.3% हो गइल बा। सबसे बढ़िया बात ई बा कि बलिया में मरीज 7-11 दिन में ठीक हो रहल बाड़े जबकि राष्ट्रीय औसत लगभग 14-18 बा।

बलिया 10 मई 2020 ले ग्रीन जोन रहल। 11 मई के पहिला केस आइल रहे।

बलिया जिला 25 मई के सभसे बेसी कोरोना के 16 केस आइल रहे। अबले सगरी मरीज लगभग प्रवासी श्रमिक हवन।

तारीख कंफर्म केस एक्टिव केस रिकवर्ड डेथ
11 मई 1 1 0 0
15 मई 10 10 0 0
17 मई 12 12 0 0
20 मई 13 13 0 0
22 मई 14 14 0 0
23 मई 15 15 0 0
25 मई 31 31 0 0
26 मई 32 32 0 0
28 मई 36 36 0 0
29 मई 43 31 12 0
31 मई 50 38 12 0
1 जून 56 44 12 0
2 जून 56 29 27 0
5 जून 53 26 27 0
6 जून 54 27 27 0
7 जून 58 31 27 0
9 जून 60 23 37 0
10 जून 60 21 39 0
11 जून 60 10 50 0

Related posts

Leave a Comment

15 − twelve =