बलिया में आज कोरोना के 6 नया मरीज, कुल्ह संख्या 56

बलिया

बलिया में आज 1 जून के कोरोना वायरस संक्रमण के 6 गो नया ममिला सोझा आइल बा। एकरा बाद अब बलिया में करोना के कुल्ह 56 गो मरीज हो गइल बाड़ें। बाकिर 12 मरीज ठीक भइला के बाद डिस्चार्ज कऽ दिहल गइल बाड़ें ई बारहो मरीज लगभग 14-15 दिन में ठीक हो ग इल बाड़ें

बलिया में कोरोना वायरस संक्रमण के 22वां दिन हऽ अउरी रिकवरी रेट 21.5% बा।

बलिया 10 मई 2020 ले ग्रीन जोन रहल। 11 मई के पहिला केस आइल रहे। 4 दिन बाद 15 मई के 9 केस आइल रहे। बलिया जिला 25 मई के सभसे बेसी कोरोना के 16 केस आइल रहे। अबले सगरी मरीज लगभग प्रवासी श्रमिक हवन।

तारीख कंफर्म केस एक्टिव केस रिकवर्ड डेथ
11 मई 1 1 0 0
15 मई 10 10 0 0
17 मई 12 12 0 0
20 मई 13 13 0 0
22 मई 14 14 0 0
23 मई 15 15 0 0
25 मई 31 31 0 0
26 मई 32 32 0 0
28 मई 36 36 0 0
29 मई 43 31 12 0
31 मई 50 38 12 0
1 जून 6 44 12 0

Related posts

Leave a Comment

8 + 18 =