बलिया में कोरोना के 43 मरीज, 12 ठीक भइलें

बलिया

बलिया में आज 29 मई के कोरोना वायरस संक्रमण के 7 गो नया ममिला सोझा आइल बा। एकरा बाद अब बलिया में करोना के कुल्ह 43 गो मरीज हो गइल बाड़ें। बाकिर काल्ह 12 मरीज ठीक भइला के बाद डिस्चार्ज कऽ दिहल गइल बाड़ें ई बारहो मरीज लगभग 14-15 दिन में ठीक हो ग इल बाड़ें

बलिया में कोरोना वायरस संक्रमण के 19वां दिन हऽ अउरी रिकवरी रेट 28 बा।

बलिया 10 मई 2020 ले ग्रीन जोन रहल। 11 मई के पहिला केस आइल रहे। 4 दिन बाद 15 मई के 9 केस आइला के बलिया जिला में कुल्ह 10 केस भइल रहे। ओकरा बाद बलिया में बाकिर 25 मई के कोरोना के 16 केस आइला के बाद बलिया में कोरोना के कुल्ह 31 ममिला भऽ गइल। 28 मई के 4 नया केस आइला के बाद जिला में कुल्ह 36 गो केस हो गइल बा।

अबले सगरी मरीज लगभग प्रवासी श्रमिक हवन।

तारीख कंफर्म केस एक्टिव केस रिकवर्ड डेथ
11 मई 1 1 0 0
15 मई 10 10 0 0
17 मई 12 12 0 0
20 मई 13 13 0 0
22 मई 14 14 0 0
23 मई 15 15 0 0
25 मई 31 31 0 0
26 मई 32 32 0 0
28 मई 36 36 0 0
29 मई 43 31 12 0

 

Related posts

Leave a Comment

ten − 9 =