बलिया में कोरोना वायरस के 16 नया मरीज

बलिया

बलिया में आज सोमार के कोरोना वायरस संक्रमण के 16 गो नया ममिला सोझा आइल बा। अब बलिया में करोना के कुल्ह 30 गो मरीज हो गइल बाड़ें। एह बात के पुष्टि बलिया जिलाधिकारी श्रीहरि प्रताप शाही जी कइले बाड़े।

बलिया 10 मई 2020 ले ग्रीन जोन रहल। बाकिर 11 मई के पहिला केस आइल। 4 दिन बाद 15 मई के 9 केस आइल। ओकरा बाद बलिया में कोरोना के 10 ममिल भइल रहे।

कोरोना के नया मरीज ओझवलिया, दोकटी, दलनछपरा, केवरा, डीहवां, भगवानपुर, रेवती, बिसौली गाँव के रहनियार बाड़े।

13 मरीजन के बसंतपुर अस्पताल में भरती कइल गइल बा अउरी एगो मरीज आजमगढ़ में भरती बा।

अबले सगरी मरीज या तऽ प्रवासी श्रमिक हवन भा उनकरा संपर्क में आवे आला लोग हवन।

Related posts

Leave a Comment

1 + 7 =