बलिया
बलिया जिला में आज मंगर के एगो नया केस मिलला के बाद बलिया जिला में कोरोना के कुल्ह 31 ममिला हो गइल बा।
मुम्बई से वापस आइल एगो आदिमी के आज सबेरे कोरोना रिपोर्ट पॉजिटिव आइला के बाद संख्या बढ़ल बा। मालूम होखे के चाहीं कि प्रवासी श्रमिकन के बलिया अइला बाद बलिया में कोरोना के ममिला सोझा आवे शुरू भइल।
प्रशासन के हिसाब मरीज के संपर्क में आवे सगरी लोगन पहचान कइल जाता।
रोज ममिला बढ़ला के बाद बलिया में डर के माहौल बनि गइल बा।